सून कह के गइलऽ श्याम हमरी भवनवाँ

From Wikisource
Jump to navigation Jump to search
सून कह के गइलऽ श्याम हमरी भवनवाँ
by महेंदर मिसिर

सून कह के गइलऽ श्याम हमरी भवनवाँ,
निरमोहिया भइल ए साँवरू।
तोहरो बतिया मतिया के मरलस,
इहे बाटे मन में घोराइल।
तोहरो बंसिया सपनवाँ में बाजेला,
अगिया लगावे एही तानवाँ।
द दरदिया देल अ ए साँवरू।
हमरो सुगनवाँ के भेंड़वा बनवलू
कइसन बाटे तोहार टोना।
ए कूबरो तू भोग ना पइबू
हमरा घर के सोनवाँ।
ए महूरवा भइलऽ ए साँवरू।
जवानी सुरतिया मन में बसल बा,
कवनो जतन से ना जाई।
ए ऊधो तू जा के कहिहऽ
अइसहीं बिताएब उमीरिया।
ए सपनवाँ भइल ए साँवरू।

This work is now in the public domain because it originates from India and its term of copyright has expired. According to The Indian Copyright Act, 1957, all documents enter the public domain after sixty years counted from the beginning of the following calendar year (ie. as of 2024, prior to 1 January 1964) after the death of the author.

Public domainPublic domainfalsefalse