राम लखन मोरा बनके गवन कइलें

From Wikisource
Jump to navigation Jump to search
राम लखन मोरा बनके गवन कइलें
by महेंदर मिसिर

राम लखन मोरा बनके गवन कइलें
देखहुँ के भइले सपनवाँ हो लाल।
कवने विरिछ तरे होइहें रे ललनवाँ
से रोवते नू होइहें बिहनवाँ हो लाल।
जब सुधि आवे राम जी साँवली सुरतिया
से व्याकुल होखे ला परानवाँ हो लाल।
केकई के हम का ले बिगरलीं से
बसलो उजारेली भवनवाँ हो लाल।
भोरहीं के भूखे होइहें पियासे मुँह सूखत होइहें
दूखत होइहें कोमल चरनवाँ हो लाल।
कहत महेन्द्र मोरा तरसे नयनवाँ
से कबले दू होइहें मिलनवाँ हो लाल।

This work is now in the public domain because it originates from India and its term of copyright has expired. According to The Indian Copyright Act, 1957, all documents enter the public domain after sixty years counted from the beginning of the following calendar year (ie. as of 2024, prior to 1 January 1964) after the death of the author.

Public domainPublic domainfalsefalse