मोरा राम दुनू भइया राम से बनवाँ गइलें ना

From Wikisource
Jump to navigation Jump to search
मोरा राम दुनू भइया राम से बनवाँ गइलें ना
by महेंदर मिसिर

मोरा राम दुनू भइया राम से बनवाँ गइलें ना
अवध नगरिया के निपटे बिसरलें से सपनवाँ भइले ना।
मोरा राम दुनू भइया राम से बनवाँ गइलें ना
भोर ही के भूखे होइहें चले पग दूखे होइहें सूखे होइहें ना।
मोरा राम दुनू भइया राम से बनवाँ गइलें ना।
सुरूज के किरिन लागे लाल कुंभिलाए होइहें थाके होइहें ना।
मोरा राम दुनू भइया राम से थाके होइहें ना।
सोये होइहें छवना बेबिछवना दूनू भइया से जागे होइहें ना।
मोरा राम दूनू भइया राम जागे होइहें ना।
कहत महेन्दर रोवे माता कौसिल्या से नाहिंए अइलें ना।
मोरा धनुही चरनवाँ राम से बनवाँ गइलें ना।
मोरा राम दुनू भइया राम से बनवाँ गइलें ना।


This work is now in the public domain because it originates from India and its term of copyright has expired. According to The Indian Copyright Act, 1957, all documents enter the public domain after sixty years counted from the beginning of the following calendar year (ie. as of 2024, prior to 1 January 1964) after the death of the author.