आहो कान्हा ई का कइलऽ

From Wikisource
Jump to navigation Jump to search
आहो कान्हा ई का कइलऽ
by महेंदर मिसिर

आहो कान्हा ई का कइलऽ, आ हो कान्हा ई का कइलऽ।
भूलि गइलऽ बचपन की बात कान्हा, ई का कइलऽ।
बनवाँ कीला में काँट मोरा निकललऽ कान्हा ई का कइलऽ।
तोरा बिनु नइखे रहल जात कान्हा ई का कइलऽ।
फाड़ के पीताम्बर कान्हा लोर मोरा पोछलऽ कान्हा ई का कइलऽ।
प्रीत कइलऽ किरिया धराय कान्हा ई का कइलऽ।
साँवरी सुरतिया तोहरो आँखि से ना उतरे कान्हा ई का कइलऽ।
रहि-रहि जिउआ घबड़ाय कान्हा ई का कइलऽ।
कहत महेन्दर कान्हा सुधियो ना लिहलऽ कान्हा ई का कहलऽ।
तोहरा बिना जियलो ना जाय कान्हा ई का कइलऽ।

This work is now in the public domain because it originates from India and its term of copyright has expired. According to The Indian Copyright Act, 1957, all documents enter the public domain after sixty years counted from the beginning of the following calendar year (ie. as of 2024, prior to 1 January 1964) after the death of the author.

Public domainPublic domainfalsefalse