अइले गरमी के हो महीनवाँ

From Wikisource
Jump to navigation Jump to search
अइले गरमी के हो महीनवाँ
by महेंदर मिसिर

अइले गरमी के हो महीनवाँ साइत सोच द हो बभनवाँ
कि कहिया मिलनवाँ होइहे ना।
लेके डोलिया चार कहँरवा कि कहिया सजनवाँ अइहें ना।
संगहीं के सखिया के भइलें गवनवाँ से हो भइली लरकोर।
उनका गोदी के देखि के ललनवाँ फाटे करेजवा मोर।
कि कहिया ललनवाँ अइहें ना।
सजधज के सोरहो सिंगार बनवली पहिरल लहँगा पटोर।
बाट जोहत मोर नयना पिरइलें फाटे करेजवा मोर।
कि कहिया ललनवाँ अइहें ना।
अइहें सजनवाँ करे गवनवाँ मची नगर में सोर।
काँच-बाँस के डोली बना के चले विदेसवा ओर।
कि जहिया सुदिनवाँ होइहें ना।
लेके गवनवाँ चले सजनवाँ टप-टप टपके लोर।
कहे महेन्दर सुन रे सजनी छुटल नइहरवा तोर।
कि फेर ना अवनवाँ होइहें ना।
कि अपना बाबा के हो अँगनवाँ
फेरना अवनवाँ होइहें ना।
फेरना मिलनवाँ होइहें ना।

This work is now in the public domain because it originates from India and its term of copyright has expired. According to The Indian Copyright Act, 1957, all documents enter the public domain after sixty years counted from the beginning of the following calendar year (ie. as of 2024, prior to 1 January 1964) after the death of the author.

Public domainPublic domainfalsefalse